Rohan Singh - Bhola Badala Tu Rahaniya

सुते के ना खाटी माची नाही चाही घर-3
ऐ भोला बदला तू रहनिया ना त जाईब नईहर-2

देवो के देव महादेव तु कहाला
लागेला बड़का बउराहा ऐ भोला
कईसन जोडा हमार नारद लगईला सोचिये आवे दिल से आह
केतनो कहिले अबले भईल ना असर -2
ऐ भोला बदला तू रहनिया ना त जाईब नईहर-2

बडी बडी जाटा देह मे घसेला भभुतिया
पेन्हिले मृगा के छाल, ऐ भोला
दिन पर धतुरा गाजा भंगिया चढाके अखिया करेला लाले लाल
कुछ दिन अकेले रहब जईबा सुधर-2
ऐ भोला बदला तू रहनिया ना त जाईब नईहर-2

भुतवा परेत संघे करले मडारी सबके बनईले बाड हार ऐ भोला
खोवा मलाई मिश्री कबो ना छुवेला नासवा के बनल बा आहार
अपना सेवकवा प फेरिता नजर -2
ऐ भोला बदला तू रहनिया ना त जाईब नईहर-2

Written by:
Pankaj Rai

Publisher:
Lyrics © Phonographic Digital Limited (PDL), Black Key Tunes LLP

Lyrics powered by Lyric Find

Rohan Singh

View Profile